विकिपीडिया
bhwiki
https://bh.wikipedia.org/wiki/%E0%A4%AE%E0%A5%81%E0%A4%96%E0%A5%8D%E0%A4%AF_%E0%A4%AA%E0%A4%A8%E0%A5%8D%E0%A4%A8%E0%A4%BE
MediaWiki 1.47.0-wmf.23
first-letter
मीडिया
विशेष
वार्तालाप
प्रयोगकर्ता
प्रयोगकर्ता वार्ता
विकिपीडिया
विकिपीडिया वार्ता
चित्र
चित्र वार्ता
मीडियाविकि
मीडियाविकि वार्ता
टेम्पलेट
टेम्पलेट वार्ता
मदद
मदद वार्ता
श्रेणी
श्रेणी वार्ता
TimedText
TimedText talk
Module
Module talk
Event
Event talk
आदमी
0
11418
805946
752852
2026-10-10T18:04:11Z
Abraham Silverstein
41119
/* */ Okay, Goyim.
805946
wikitext
text/x-wiki
'''आदमी''' भा '''पुरुष''' मरद या मर्दाना, [[मनुष्य]] जाति की प्राणिन में [[नर]] के कहल जाला। एकरी बिपरीत मनुष्यन में [[मादा]] के [[औरत]], स्त्री मेहरारू वगैरह कहल जाला। नर मनुष्य में भी आमतौर पर उमिरदार व्यक्ति के आदमी कहल जाला जबकि कम उमिर क नर मनुष्य [[लइका|लड़िका]]/लइका कहाला आ मादा लइकी।
भाषा में, इशारा की रूप में आदमी, मरद, पुरुष वगैरह शब्द कब्बो-कब्बो [[पति]] खातिर भी इस्तेमाल होला।
[[श्रेणी:मनुष्य]]
{{समाज-आधार}}
luz2w38ttrsyblatmjcryxdvvtxmti6
सिद्धार्थनगर जिला
0
17504
805950
786843
2026-10-11T11:09:20Z
SM7
3953
सुधार कइल गइल
805950
wikitext
text/x-wiki
{{Infobox India district
| Name = सिद्धार्थनगर
| Country = भारत
| State = उत्तर प्रदेश
| Division = [[बस्ती मंडल]]
| HQ = नौगढ़, सिद्धार्थनगर
| Map = India Uttar Pradesh districts 2012 Siddharthnagar.svg
| Coordinates = {{coord|27|0|N|82|45|E}} - {{coord|27|28|N|83|10|E}}
| Area = 2752
| Population = 2,553,526
| Year = 2011
| Urban =
| Literacy = 59.2%
| SexRatio = 976
| Tehsils = 1. [[नौगढ़, सिद्धार्थनगर|नौगढ़]]<br>2. [[शोहरतगढ़]]<br>3. [[बाँसी]]<br>4. [[इटवा]]<br>5. [[डुमरियागंज]]
| LokSabha = [[डुमरियागंज लोकसभा क्षेत्र|डुमरियागंज]]
| Vehicle = UP-55
| Website = http://sidharthnagar.nic.in
}}
'''सिद्धार्थनगर जिला''' भारत-नेपाल सीमा पर, [[उत्तर प्रदेश]] की [[बस्ती मंडल]] में एगो जिला बाटे जौना के मुख्यालय [[नौगढ़, सिद्धार्थनगर|सिद्धार्थनगर]] (नौगढ़) नांव के कस्बा बा। ई इलाका पहिले [[बस्ती जिला]] के हिस्सा रहल आ 29 दिसंबर 1988 के एकरा के अलगा से जिला बनावल गइल। एकर नाँव [[गौतम बुद्ध]] के बचपन के नाँव सिद्धार्थ के ऊपर धराइल हवे; अइसन मानल जाला कि एही जिला में पावल गइल पिपरहवा स्तूप के वर्तमान अस्थान (कपिलवस्तु) महात्मा बुद्ध के पिताजी शुद्धोदन के राजधानी रहल। एही इतिहासी महत्व के चलते एह जिला के नाँव सिद्धार्थनगर पड़ल।
जिला के उत्तरी सीमा नेपाल के [[कपिलवस्तु जिला|कपिलवस्तु]] आ [[रुपनदेही जिला|रुपन्देही]] जिलन से मिले ले; एकरे पूरुब ओर [[महराजगंज जिला|महाराजगंज]], दक्खिनी पूरुब कोना पर [[गोरखपुर जिला|गोरखपुर]], दक्खिन में [[संत कबीर नगर जिला|संतकबीर नगर]] आ [[बस्ती जिला|बस्ती]], दक्खिन पच्छिम में [[गोंडा जिला|गोंडा]] आ पच्छिम ओर [[बलरामपुर जिला|बलरामपुर]] बाड़ें।
== इतिहास ==
एह जिला के इतिहास भगवान [[गौतम बुद्ध]] से जुड़ल बा। भगवान बुद्ध के पिता शुद्धोधन के राजधानी कपिलवस्तु एहिजे रहल।{{efn|हालाँकि, नेपाल के दावा ई हवे कि असली कपिलवस्तु नेपाल के तिलौराकोट के लगे बाटे; एही के चलते नेपाल में कपिलवस्तु जिला आ कपिलवस्तु नगरपालिका के मुख्यायल के नाँव रखल गइल हवे।}} एह जनपद के नामकरण गौतम बुद्ध के बचपन के नाम राजकुमार सिद्धार्थ के आधार पर भइल बा। पुरान जमाना में [[हिमालय]] के [[तराई]] वाला ई इलाका घन बन से ढँकल रहल आ साकेत भा कोसल राज्य के हिस्सा रहे। ईसा से लगभग छठईं सदी पहिले, शाक्य वंश कपिलवस्तु के राजधानी बना के एहिजा एगो मजबूत गणराज्य के स्थापना कइले रहल। बाद में समय के मार से ई इलाका उजड़ गइल।
अंग्रेजी शासन के दौरान एह क्षेत्र में ज़मींदार लोग आपन पकड़ बनवलस। सन 1865 में [[गोरखपुर जिला|गोरखपुर]] से अलग होखे के बाद जब [[बस्ती जिला]] बनल, त ई इलाका बस्ती जिला में शामिल हो गइल। बाद में 29 दिसंबर 1988 के राजकुमार सिद्धार्थ के नाम पर बस्ती जिला के उत्तरी हिस्सा अलग क के सिद्धार्थनगर जिला बनावल गइल। उत्तर प्रदेश सरकार के राजस्व अनुभाग-5 के अधिसूचना संख्या 5-4-(4)/76-135-रा0-5(ब), दिनांक 23 दिसंबर 1988 के आधार पर, 29 दिसंबर 1988 से जनपद सिद्धार्थनगर के औपचारिक रूप से सृजन भइल।
== प्रशासनिक इकाई ==
ई जिला पहिले बस्ती जनपद के हिस्सा रहे। बांसी, नौगढ़ आ डुमरियागंज तहसील के मिला के एह नयका जिला के प्रशासनिक इकाई बनल। जिला बनला के समय ई गोरखपुर कमिश्नरी में रहे, बाकिर 1997 में बस्ती कमिश्नरी बनला के बाद ई बस्ती मंडल में आ गइल। वर्ष 1990 में इटवा आ 1997 में शोहरतगढ़ तहसील बनल। आज के समय में एह जिला में कुल पाँच तहसील, 14 विकास खंड, 1199 ग्राम पंचायत, दो नगर पालिका परिषद, चार नगर पंचायत आ दो सेंसस टाउन मौजूद बाड़ें।
== भूगोल ==
सिद्धार्थनगर जिला उत्तर प्रदेश के [[पूर्वांचल]] में भारत–नेपाल सीमा पर स्थित बा। ई जिला हिमालय के [[तराई]] क्षेत्र के हिस्सा हवे। तराई इलाका ओह भूभाग के कहल जाला जे [[शिवालिक]] पहाड़ी के नीचे आ [[गंगा के मैदान]] के ऊपर स्थित होला। एह इलाका में बरखा के पानी, नदियन से लाइल गाद आ नमी जियादा मिले ला, जे एह क्षेत्र के बहुत उपजाऊ बनावेला।
भौगोलिक रूप से ई जिला [[सिंधु-गंगा के मैदान|गंगा के विशाल मैदान]] (Indo-Gangetic Plain) के हिस्सा हवे। एह मैदान के निर्माण लाखों बरिस में हिमालय से आवे वाली नदियन द्वारा लाइल जलोढ़ मिट्टी (alluvium) से भइल बा। एह कारण इहवाँ के जमीन गहिर, समतल आ खेती खातिर बहुते अनुकूल बा। भूबिज्ञान (जियोलॉजी) के हिसाब से एह इलाका नवजलोढ़ (new alluvium) आ पुरान जलोढ़ (old alluvium) के जमाव से बनल बा।
'''उच्चावच''' (Relief) के मामला में सिद्धार्थनगर एगो कम ऊँच-नीच वाला इलाका हवे। जमीन लगभग समतल बा, कहीं-कहीं हल्का उतार-चढ़ाव देखे के मिलेला। पहाड़ या पठार जइसन कवनों भूआकृतिक रूप एह जिला में ना पावल जाला।
एह जिला में छोट-छोट कई गो नदी आ नाला बहेला। मुख्य नदी [[राप्ती|पश्चिमी राप्ती]] हवे। एह अलावा [[बाणगंगा]], [[कुआनो]], [[बूढ़ी राप्ती]], अमवा नाला, तेलार नदी जइसन कई छोट नदी-नाला पावल जालें। बरसात के मौसम में एह नदियन में पानी बहुत बढ़ जाला, जवना से जिला के कई इलाका में [[बाढ़]] के स्थिति बन जाला। एह कारण बरखा में खेत-खरिहान आ गाँवन में पानी भर जाला, हालाँकि ई बाढ़ जमीन में उपजाऊ गाद भी छोड़ जाला।
[[जलवायु]] तराई वाला उष्ण-आर्द्र प्रकार के बा। गरमी में तापमान बढ़ जाला, बरखा में भारी वर्षा होला, आ जाड़ा में मौसम ठंडा आ कोहरा वाला हो जाला।
'''माटी''' (Soil) के हिसाब से एह जिला में मुख्य रूप से जलोढ़ मिट्टी पावल जाला। कहीं-कहीं दोमट आ चिकनी दोमट मिट्टी भी मिलेला। ई माटी धान, गेहूँ, गन्ना, दलहन-तिलहन खातिर बहुते उपजाऊ बा। खास करके कालानमक चावल एह जिला के पहचान हवे।
'''बनस्पति''' (Vegetation) के मामला में, पहिले एह इलाका घना जंगल से ढँकल रहल, बाकिर अब ज्यादातर जमीन खेती में बदल गइल बा। फिरो कहीं-कहीं झाड़ीदार वनस्पति, पेड़-पौधा जइसे पीपल, बरगद, नीम, शीशम, यूकेलिप्टस देखे के मिलेला। तराई इलाका होखे के कारण घास आ नमी पसंद करे वाला बनस्पति जियादा पावल जाला।
कुल मिला के सिद्धार्थनगर जिला तराई क्षेत्र के उपजाऊ, नदी-बहुल, बाढ़-प्रभावित आ समतल भूभाग वाला जिला हवे, जे खेती-प्रधान आ प्राकृतिक संसाधन से भरपूर बा।
== आबादी ==
2011 के जनगणना अनुसार<ref name="r982">{{cite web |title=India - Census of India 2011 - Uttar Pradesh - Series 10 - Part XII B - District Census Handbook, Siddharthnagar |website=censusindia.gov.in |url=https://censusindia.gov.in/nada/index.php/catalog/1291 |access-date=18 December 2025}}</ref> सिद्धार्थनगर जिला के कुल जनसंख्या 25,59,297 रहल। एहमें से लगभग 93.7 प्रतिशत आबादी ग्रामीण इलाका में रहेली, जबकि सिरिफ 6.3 प्रतिशत लोग शहरी क्षेत्र में बसल रहल। एहसे साफ हो जाला कि सिद्धार्थनगर मूल रूप से एगो ग्रामीण प्रधान जिला हवे। जनसंख्या घनत्व 884 व्यक्ति प्रति वर्ग किलोमीटर रहल, जवन उत्तर प्रदेश के औसत से जियादा बा। ई बतावेला कि जमीन पर जनसंख्या के दबाव अधिक बा, खास कर के खेती वाला ग्रामीण इलाका में
लिंगानुपात (Sex Ratio) जिला के एगो सकारात्मक पक्ष हवे। 2011 में प्रति 1000 पुरुष पर 976 महिला रहलें, जवन राज्य औसत से बेहतर बा। ग्रामीण इलाका में ई अनुपात अउरी बढ़ के 979 रहल, जबकि शहरी इलाका में 937 दर्ज भइल।<ref name="r982" />
हालाँकि बाल लिंगानुपात (0–6 आयु वर्ग) घट के 935 रहल, जे भविष्य में सामाजिक चिंता के विषय बन सकेला।
0–6 साल के बाल आबादी कुल जनसंख्या के करीब 19 प्रतिशत रहल, जवन ऊँच जनसंख्या वृद्धि दर के संकेत देला। 2001–2011 के दशक में जिला के दशकीय जनसंख्या वृद्धि दर 25.5 प्रतिशत रहल, जे राज्य औसत से जियादा बा।<ref name="r982" />
साक्षरता के मामला में सिद्धार्थनगर जिला अपेक्षाकृत पीछे रहल। कुल साक्षरता दर 59.2 प्रतिशत रहल। पुरुष साक्षरता 70.9 प्रतिशत, जबकि महिला साक्षरता 47.4 प्रतिशत दर्ज भइल।<ref name="r982" /> ग्रामीण आ महिला साक्षरता में खास अंतर देखे के मिलेला, जवन सामाजिक विकास के चुनौती के ओर इशारा करेलाl
अनुसूचित जाति (SC) के जनसंख्या कुल आबादी के करीब 16 प्रतिशत रहल, जबकि अनुसूचित जनजाति (ST) के आबादी बहुत कम, लगभग 0.5 प्रतिशत रहल।<ref name="r982" /> एहसे जिला के सामाजिक संरचना में दलित आबादी के महत्त्व साफ देखाई देला।
कामकाजी आबादी के देखें त कुल जनसंख्या के करीब 34 प्रतिशत लोग कामगार रहल, जबकि 66 प्रतिशत गैर-कामगार रहलें। काम करे वाला लोग में सबसे जियादा हिस्सा कृषि मजदूर (लगभग 45 प्रतिशत) आ कृषक (करीब 34 प्रतिशत) रहल।<ref name="r982" /> एहसे साफ हो जाला कि जिला के आर्थिक जीवन खेती आ खेतिहर मजदूरी पर टिकल बा। महिला कामगार के बड़ा हिस्सा कृषि मजदूरी में देखे के मिलेला, जवन ग्रामीण गरीबी आ आजीविका के दबाव के दर्शावेला। कुल मिलाके, सिद्धार्थनगर जिला के जनसांख्यिकी चित्र उच्च जनसंख्या वृद्धि, ग्रामीण प्रभुत्व, बेहतर लिंगानुपात लेकिन कम साक्षरता आ कृषि-आधारित कार्य संरचना वाला बा। ई विशेषता जिला के सामाजिक–आर्थिक विकास के दिशा आ चुनौती—दूनो के साफ रूप से सामने लावेली।
{{clear}}
== नोट ==
{{notelist}}
==संदर्भ==
{{Reflist}}
{{पूर्वांचल के जिला सभ}}
{{उत्तर प्रदेश के जिला सभ}}
[[श्रेणी:पूर्वांचल के जिला]]
[[श्रेणी:उत्तर प्रदेश के जिला]]
[[श्रेणी:भारत के जिला]]
[[श्रेणी:भोजपुरी क्षेत्र]]
{{उत्तरप्रदेश-आधार}}
rs1cs570izwjvf2m4ehlxzwwdtpuvs9
पूर्वांचल
0
36689
805951
805803
2026-10-11T11:09:56Z
SM7
3953
[[विकिपीडिया:हॉट-कैट|हॉट-कैट]] द्वारा [[श्रेणी:पूर्वांचल]] जोड़ल गइल
805951
wikitext
text/x-wiki
{{Infobox region
| name = पूर्वांचल
| type = क्षेत्र
| image_map = India_Purvanchal_locator_map.svg
| map_caption = Location of Purvanchal
| subdivision_type = देश
| subdivision_name = {{flagu|भारत}}
| subdivision_type2 = क्षेत्र
| subdivision_name2 = उत्तर भारत
| blank_name_sec1 = [[भारत के भाषा|भाषा]]
| blank_info_sec1 = [[भोजपुरी]], [[हिंदी भाषा|हिंदी]], [[उर्दू]], [[अवधी]]
| seat_type =
| seat =
| seat2_type =
| seat2 =
| parts_type = मंडल बिभाजन
| parts_style = list
| p1 = [[गोरखपुर मंडल]]
| p2 = [[वाराणसी मंडल]]
| p3 = [[मिर्जापुर मंडल]]
| p4 = [[बस्ती मंडल]]
| p5 = [[आजमगढ़ मंडल]]
| p6 = [[प्रयागराज मंडल]]
}}
'''पूर्वांचल''' [[भारत]] के उत्तरी हिस्सा में मौजूद एक ठो क्षेत्र बाटे जहाँ के मुख्य भाषा [[भोजपुरी]] हवे। ई क्षेत्र में वर्तमान राज्य [[उत्तर प्रदेश]] के पूरबी हिस्सा आवे ला आ एकरा के एक ठो अलग राज्य के दर्जा देवे के माँग भी लंबा समय से उठ रहल बाटे। अलग-अलग प्रस्तावन के अनुसार एह राज्य में 17 गो<ref>{{cite web|url=http://incrediblepurvanchal.weebly.com/list-of-districts-in-purvanchal.html |title=List of districts in Purvanchal - INCREDIBLE PURVANCHAL |publisher=Incrediblepurvanchal.weebly.com |date= |accessdate=2016-10-17}}</ref> से ले के 27 गो{{sfn|Ajay K Mehra|2013|p=}}<ref>{{cite web|url=http://www.mapsofindia.com/maps/uttarpradesh/purvanchal.html |title=Proposed Purvanchal Map |publisher=Mapsofindia.com |date=2011-11-25 |accessdate=2016-10-17}}</ref> ले जिला सभ के सामिल करे के माँग उठावल गइल बा, कुछ प्रस्ताव में एह में पच्छिमी [[बिहार]] के भी कुछ जिला सभ के सामिल करे के बात कहल गइल बा।
भूगोलीय क्षेत्र के रूप में ई हिस्सा उत्तर में [[नेपाल]], पूरुब में बिहार, दक्खिन में [[बघेलखंड]], आ पच्छिमी ओर [[अवध]] क्षेत्र से घेराइल बाटे। ई इलाका दुनिया के सभसे घन बसल इलाका सभ में से एक बा। [[गंगा]] के [[सिंधु-गंगा के मैदान|मैदान]] के ठीक बीचोबीच स्थित ई इलाका उपजाऊ जमीन के चलते पुरान समय से घन खेती वाला इलाका हवे। हालाँकि, जनसंख्या के दबाव, खनिज संसाधन के कमी आ उद्योगीकरण के आभाव में ई इलाका आर्थिक बिकास के दौड़ में पिछड़ल बाटे। एकरे अलावा राजनीतिक उपेक्षा के भी एह इलाका के पिछड़ापन के कारण मानल गइल बा।
एह इलाका के बिकास लम्बा समय से राजनीतिक मुद्दा रहल बा हालाँकि एकर माँग बहुत जोर के नइखे।{{sfn|Louise Tillin|2013|p=197}}<ref>{{cite web|author={{ authors[i].name }} |url=https://www.scribd.com/doc/24760637/A-Report-on-Demand-for-Creation-of-Small-States-in-India |title=A Report on Demand for Creation of Small States in India |publisher=Scribd.com |date= |accessdate=2016-10-17}}</ref> 1991 में उत्तर प्रदेश सरकार पूर्वांचल बिकास निधि के स्थापना कइलस बाकिर एकरे लाभ के बँटवारा आ उचित उपयोग पर सवाल उठल बा।{{sfn|Shankarlal C. Bhatt|2005|p=277}}<ref name="express">{{cite news|last1=Express News Service|title=CAG raps UP for misusing funds for Bundelkhand|url=http://archive.indianexpress.com/news/cag-raps-up-for-misusing-funds-for-bundelkhand/660717/|accessdate=17 अक्टूबर 2016|publisher=इंडियन ऍक्सप्रेस|date=16 अगस्त 2010}}</ref> पहिले भी उत्तर प्रदेश के बिभाजित करि के कई गो राज्यन के गठन के बात चल चुकल बा<ref>{{cite web|url=http://www.ndtv.com/india-news/mayawati-wants-to-divide-up-into-4-states-other-parties-cornered-566270 |title=Mayawati wants to divide UP into 4 states, other parties cornered |publisher=Ndtv.com |date=2011-11-16 |accessdate=2016-10-17}}</ref> आ हाल के समय में [[तेलंगाना]] राज्य के गठन के बाद से पूर्वांचलो के माँग के सुगबुगाहट तेज भइल बाटे।<ref>{{cite web|url=http://navbharattimes.indiatimes.com/metro/mumbai/politics/demand-for-purvanchal-gathered-momentum-again/articleshow/52558275.cms |title=Demand for Purvanchal gathered momentum again - Navbharat Times |language=en|publisher=Navbharattimes.indiatimes.com |date=2016-06-03 |accessdate=2016-10-17}}</ref><ref>http://www.thehindu.com/2005/03/07/stories/2005030702770300.htm {{Dead link|date=September 2026 |bot=InternetArchiveBot |fix-attempted=yes }}</ref>
==संदर्भ==
{{reflist|2}}
==संदर्भ स्रोत==
;किताब
* {{cite book|author=Louise Tillin|title=Remapping India: New States and their Political Origins|url=http://books.google.com/books?id=abENAQAAQBAJ&pg=PA197|date=1 अक्टूबर 2013|publisher=Hurst Publishers|isbn=978-1-84904-229-1}}
* {{cite book|author=Ajay K Mehra|title=Emerging Trends in Indian Politics: The Fifteenth General Election|url=http://books.google.com/books?id=EG-vbArQhCIC&pg=PT207|date=3 अप्रैल 2013|publisher=Routledge|isbn=978-1-136-19854-0}}
* {{cite book|author=Shankarlal C. Bhatt|title=Land and People of Indian States and Union Territories: In 36 Volumes. Uttar Pradesh|url=http://books.google.com/books?id=FCG5hGZ-hJsC&pg=PA277|year=2005|publisher=Gyan Publishing House|isbn=978-81-7835-384-5}}
{{यूपी-आधार}}
[[श्रेणी:भारत के प्रस्तावित राज्य आ क्षेत्र]]
[[श्रेणी:उत्तर प्रदेश के क्षेत्र]]
[[श्रेणी:उत्तर प्रदेश]]
[[श्रेणी:पूर्वांचल| ]]
s01tjkhjx3ag8s5kqw1ncoisfup5d1b
चौखंडी स्तूप
0
52540
805949
763603
2026-10-11T11:08:39Z
SM7
3953
+विकिकड़ी जोड़ल गइल
805949
wikitext
text/x-wiki
{{Infobox religious building
| building_name = चौखंडी स्तूप
| image = Chaukhandi Stupa on a hill, Sarnath.jpg
| image_size = 250px
| alt =
| caption = चौखंडी स्तूप के ऊपरी हिस्सा
| map_type = India
| map_size = 250
| location = {{flag|भारत}}
| coordinates = {{coord|25.374102|83.023658|display=inline,title}}
| religious_affiliation = [[बौद्ध धर्म|बौद्ध]]
| rite =
| region =
| state = [[उत्तर प्रदेश]]
| province =
| territory =
| prefecture =
| sector =
| district = [[वाराणसी जिला|बनारस]]
| cercle =
| municipality = [[सारनाथ]]
| consecration_year =
| status =
| functional_status = संरक्षित
| heritage_designation =
| leadership =
| website =
| architecture =
| architect =
| architecture_type =
| architecture_style =
| general_contractor =
| facade_direction =
| groundbreaking =
| year_completed =
| construction_cost =
| specifications =
| capacity =
| length =
| width =
| width_nave =
| height_max =
| dome_quantity =
| dome_height_outer =
| dome_height_inner =
| dome_dia_outer =
| dome_dia_inner =
| minaret_quantity = 1
| minaret_height =
| spire_quantity =
| spire_height =
| materials = [[ईंटा]]
| nrhp =
| added =
| refnum =
| designated =
}}
'''चौखंडी स्तूप''' भारतीय राज्य [[उत्तर प्रदेश]] के [[बनारस]] शहर के नगीचे परसिद्ध बौद्ध तीरथ [[सारनाथ]] में एगो बौद्ध [[स्तूप]] बा। [[गुप्त काल]] (लगभग चउथी-पाँचवी सदी) में बनल ई स्तूप ओह अस्थान के चीन्हा के रूप में बनावल गइल हवे जहाँ [[गौतम बुद्ध]] के भेंट पहिला पाँच गो शिष्य लोग से भइल, जिन्हन लोग के ऊ सारनाथ में आपन पहिला उपदेश दिहलें।
स्तूप, सारनाथ के मुख्य खोदाई स्थल से दक्खिन ओर मौजूद बा आ ई चौकोर चबूतरा सभ के तीन गो मंजिल के रूप में बनल रहे। वर्तमान में एकरे ऊपरी हिस्सा में अठकोनी बुर्जी बा जे बाद के जमाना के निर्माण हवे।
==इतिहास==
चौखंडी स्तूप के निर्माण, अनुमान अनुसार [[गुप्त काल]] में, लगभग पाँचवी सदी<ref name="Planet2014">{{cite book|author=Lonely Planet|title=Great Journeys: Travel the World's Most Spectacular Routes|url=https://books.google.com/books?id=Qz1jBAAAQBAJ&pg=PT277|date=1 August 2014|publisher=Lonely Planet Publications|isbn=978-1-74360-593-6|pages=277–}}</ref> में भइल।
एकरे ऊपरी हिस्सा में बनल आठ कोन के बुर्जी के बारे में बतावल जाला कि ई राजा टोडरमल के लइका, गोबर्धन द्वारा बनवावल गइल हवे।<ref name="Ramaswami1971">{{cite book|author=N. S. Ramaswami|title=Indian Monuments|url=https://books.google.com/books?id=TAZc4KLSYjIC&pg=PA106|date=December 1971|publisher=Abhinav Publications|isbn=978-0-89684-091-1|pages=106–}}</ref> गोबर्धन अकबर के जमाना में एह इलाका के गवर्नर रहलें आ 1588 में एह बुर्जी के निर्माण करवलें, एह जगह पर लिखल एकठो बिबरन के मोताबिक हुमायूँ के एह जगह आवे के यादगार के रूप में ई बुर्जी बनवावल गइल।<ref name="Ramaswami1971" />
==बिबरन==
[[File:Description (Hindi) on Stone for Chaukhandi Stupa, Sarnath.jpg|thumb|120px|left|alt=text on stone|स्तूप के गेट पर परिचय देवे वाला पाथर पर लिखल बिबरन।]]
[[चित्र:Sarnath Stupa 13.JPG|250px|thumb|right|चौखंडी स्तूप, उत्तर-पुरुब के कोने से देखे पर|alt=ईंट के बनल संरचना, सीढ़ीदार तिन गो लेवल आ ऊपर गोलाई के ढूह के ऊपर एगो बुर्जी]]
चौखंडी स्तूप, [[बनारस]] के ओर से सारनाथ जाए पर, रस्ता में पहिला बौद्ध स्मारक पड़े ला।<ref name="Deshpande2013">{{cite book|author=Aruna Deshpande|title=Buddhist India Rediscovered|url=https://books.google.com/books?id=nbUQAgAAQBAJ&pg=PT49|date=1 November 2013|publisher=Jaico Publishing House|isbn=978-81-8495-247-6|pages=49–}}</ref> ई ईंटा क बनल एगो स्तूप हवे जे सारनाथ के मुख्य खोदाई स्थल से दक्खिन में मौजूद बा। चौकोन आकार के ई स्तूप देखे में तीन-तल्ला बुझाला हालाँकि ढह जाए के कारन तीनों मंजिल के बिभेद साफ-साफ ना पता चले ला। उत्तर ओर तीन गो लेवल साफ-साफ़ देखाई पड़े लें आ पूरबी हिस्सा के ओर से इनहन ले चहुँपे वाली सीढ़ीदार रचना भी मौजूद बा। ऊपरी हिस्सा गोलाई लिहले ढूह के आकार में बा जेकरे ऊपर बीचोबीच में आठ कोण के बुर्जी बनल बा।
स्तूप के चौहद्दी के गेट पर लागल बिबरन के मोताबिक एकर कुल ऊँचाई लगभग 93 फीट बाटे।
{{clear}}
==गैलरी==
<gallery>
Chaukhandi Stupa-5.jpg|स्तूप के चबुतरा के देवाल
Chaukhandi Stupa-4.jpg|चबुतरा के देवाल के नजदीकी से लिहल फोटो
</gallery>
==संदर्भ==
{{Reflist|35em}}
==बाहरी कड़ी==
{{commons category|Chaukhandi Stupa}}
* [http://uptourism.gov.in/post/chaukhandi-stupa चौखंडी स्तूप] {{Webarchive|url=https://web.archive.org/web/20190602042252/http://uptourism.gov.in/post/chaukhandi-stupa |date=2019-06-02 }}, उत्तर प्रदेश पर्यटन बिभाग के वेबसाइट पर।
[[श्रेणी:बनारस]]
[[श्रेणी:उत्तर प्रदेश के पर्यटक आकर्षण]]
[[श्रेणी:सारनाथ]]
miyw54xpagkoaxpty13n5nzbef5uxax
बासमती
0
59151
805945
798901
2026-10-10T14:20:45Z
SM7
3953
+विकिकड़ी जोड़ल गइल
805945
wikitext
text/x-wiki
{{Infobox cultivar
| name = बासमती चाउर
| image = Khyma and Basmati rice.jpg
| image_caption = आम ब्राउन राइस (बाएँ) आ बासमती ब्राउन राइस (दहिने)
| genus = ''[[धान (जाति)|ओराइजा]]''
| species = ''[[धान|ओराइजा सैटाइवा]]''
| origin = [[भारतीय उपमहादीप]]
}}
[[File:Cooked cilantro lime dish basmati rice India.jpg|thumb|250px|भारतीय बासमती के पकावल भात।]]
'''बासमती''' [[महकउवा चाउर]] के एगो किसिम हवे, छरहर अ लमछर दाना वाला ई चाउर [[भारतीय उपमहादीप]] के खास [[चाउर]] मानल जाला।<ref name="Big money in specialty rices">[https://web.archive.org/web/20150628092113/http://www.fao.org/ag/magazine/0207sp1.htm Big money in "specialty rices"] Food and Agriculture Organization, United Nations (2002)</ref> बासमती चावल मुख्य रूप से [[भारत]] आ [[पाकिस्तान]] में उगावल जाय वाला एगो खास किस्म के खुशबूदार चावल ह। एकर दाना लमहर, पतला आ सुगंध वाला होला, जवन पकला पर एक-दूसरा से फरका-फरका रहेला। बासमती चावल मुख्य रूप से पंजाब, हरियाणा, उत्तर प्रदेश आ पाकिस्तान के कुछ इलाका में पैदा होला। ई चावल [[बिरियानी]], [[पोलाव]] आ कई गो पारंपरिक पकवान में इस्तेमाल होला। एकर पौष्टिकता में कार्बोहाइड्रेट, प्रोटीन आ फाइबर के मात्रा ज्यादा होला, जेकरा से ई स्वास्थ्य के लिहाज से भी बढ़िया मानल जाला।
साल 2014 ले, पूरा दुनिया में एकरे निर्यात (एक्सपोर्ट) में भारत के हिस्सा 59 भारत के रहल आ बकिया पाकिस्तान के रहल। हालाँकि, औरियो कई गो देस सभ में ई उपजावल जाला आ देस के भीतर इस्तेमाल कइल जाला।<ref>[https://www.bloomberg.com/news/articles/2014-02-13/rice-exports-from-india-climbing-to-record-on-mideast-demand Rice Sales From Pakistan to Reach Record as Iran Boosts Reserve] Bloomberg (February 13, 2014)</ref> एह चाउर के पेटेंट आ ''[[जीआई टैग]]'' भारत के लगे बा। एकरे अलावा भारतीय राज्य बिहार में नकली बासमती बनावे के खबर भी अखबारन में रहल, रिपोट के मोताबिक आम किसिम के चाउर में फ्लेवर वाला पावडर मिला के ओकरे के कतरनी बासमती कहि के बेचल जाला।<ref>https://www.bhaskar.com/bihar/patna/news/BIH-PAT-HMU-MAT-latest-patna-news-030502-136222-NOR.html</ref>
{{clear}}
==संदर्भ==
{{Reflist|33em}}
[[श्रेणी:चाउर]]
[[श्रेणी:चाउर के किसिम]]
{{agri-stub}}
17cwqtivdnu0q4fkqqhekmqfkrvr5jc
विकिपीडिया:आँकड़ा सभ/२०२६/अक्टूबर
4
101623
805948
805941
2026-10-10T19:21:32Z
NeechalBOT
7874
statistics
805948
wikitext
text/x-wiki
<!--- stats starts--->{{प्रयोगकर्ता:Neechalkaran/statnotice}}{| class="wikitable sortable" style="width:90%"
|-
! Date(Time)
! Pages
! Articles
! Edits
! Users
! Files
! Activeusers
{{User:Neechalkaran/template/daily
|Date =१-१०-२०२६
|Pages = 82297
|dPages = 6
|Articles = 9245
|dArticles = 1
|Edits = 802742
|dEdits = 45
|Files = 54
|dFiles = 0
|Users = 40778
|dUsers = 15
|Ausers = 40
|dAusers = -1
}}
{{User:Neechalkaran/template/daily
|Date =२-१०-२०२६
|Pages = 82299
|dPages = 2
|Articles = 9245
|dArticles = 0
|Edits = 802745
|dEdits = 3
|Files = 54
|dFiles = 0
|Users = 40779
|dUsers = 1
|Ausers = 40
|dAusers = 0
}}
{{User:Neechalkaran/template/daily
|Date =३-१०-२०२६
|Pages = 82299
|dPages = 0
|Articles = 9245
|dArticles = 0
|Edits = 802756
|dEdits = 11
|Files = 54
|dFiles = 0
|Users = 40787
|dUsers = 8
|Ausers = 40
|dAusers = 0
}}
{{User:Neechalkaran/template/daily
|Date =४-१०-२०२६
|Pages = 82298
|dPages = -1
|Articles = 9244
|dArticles = -1
|Edits = 802758
|dEdits = 2
|Files = 54
|dFiles = 0
|Users = 40792
|dUsers = 5
|Ausers = 42
|dAusers = 2
}}
{{User:Neechalkaran/template/daily
|Date =५-१०-२०२६
|Pages = 82298
|dPages = 0
|Articles = 9244
|dArticles = 0
|Edits = 802762
|dEdits = 4
|Files = 54
|dFiles = 0
|Users = 40796
|dUsers = 4
|Ausers = 42
|dAusers = 0
}}
{{User:Neechalkaran/template/daily
|Date =६-१०-२०२६
|Pages = 82301
|dPages = 3
|Articles = 9244
|dArticles = 0
|Edits = 802773
|dEdits = 11
|Files = 54
|dFiles = 0
|Users = 40804
|dUsers = 8
|Ausers = 42
|dAusers = 0
}}
{{User:Neechalkaran/template/daily
|Date =७-१०-२०२६
|Pages = 82301
|dPages = 0
|Articles = 9244
|dArticles = 0
|Edits = 802774
|dEdits = 1
|Files = 54
|dFiles = 0
|Users = 40808
|dUsers = 4
|Ausers = 41
|dAusers = -1
}}
{{User:Neechalkaran/template/daily
|Date =८-१०-२०२६
|Pages = 82305
|dPages = 4
|Articles = 9244
|dArticles = 0
|Edits = 802780
|dEdits = 6
|Files = 54
|dFiles = 0
|Users = 40817
|dUsers = 9
|Ausers = 41
|dAusers = 0
}}
{{User:Neechalkaran/template/daily
|Date =९-१०-२०२६
|Pages = 82310
|dPages = 5
|Articles = 9245
|dArticles = 1
|Edits = 802849
|dEdits = 69
|Files = 54
|dFiles = 0
|Users = 40824
|dUsers = 7
|Ausers = 41
|dAusers = 0
}}
{{User:Neechalkaran/template/daily
|Date =१०-१०-२०२६
|Pages = 82313
|dPages = 3
|Articles = 9246
|dArticles = 1
|Edits = 802855
|dEdits = 6
|Files = 54
|dFiles = 0
|Users = 40831
|dUsers = 7
|Ausers = 42
|dAusers = 1
}}
<!---Place new stats here--->
|}
<!--- stats ends--->
678qznu8qxv8fbqpo16ylbjjj3jqp6c
प्रयोगकर्ता वार्ता:Abraham Silverstein
3
101639
805947
2026-10-10T18:04:12Z
नया सदस्य स्वागतकर्ता
6624
Adding [[Welcome|welcome message]] to new user's talk page
805947
wikitext
text/x-wiki
{| id="GeoPort-upper" width="100%" cellpadding="5" cellspacing="6" style="background:#FFFAFF; text-align: justify; border-style:ridge; border-width:1px; border-color:#A9A9A9;"
|-
|<div style="display:inline-block;margin-top:.1em; text-align:right; margin-bottom:.2em; border-bottom:0; font-weight:bold;"><big>Welcome! स्वागतम्!</big> [[File:Crystal Clear app ksmiletris.png|25px]] </div>
राउर बहुत-बहुत स्वागत बा '''{{BASEPAGENAME}}''' जी ! {{#if: | {{{1}}} | }}<br/>
<div style="float:right; <!--background:#F5F5DC;--> width:30%">
<!-- दाहिना साइडबार -->
{| border="5" cellspacing="10" cellpadding="5" height="50" align=center border=0 style="background: transparent"
|-
| <big>'''ई जरूर पढ़ल जाय:'''</big>
|-
| style="background-color:#FFFFFF; border: solid 2px #FFFFFF; padding:10px 20px;" | [[विकिपीडिया:विकिपीडिया का ना हवे|विकिपीडिया का ना हवे?]]
|-
| style="background-color:#FFFFFF; border: solid 2px #FFFFFF; padding:10px 20px;" | [[विकिपीडिया:भोजपुरी में कइसे टाइप करब?|भोजपुरी में टाइपिंग]]
|-
| style="background-color:#FFFFFF; border: solid 1px #FFFFFF; padding:10px 20px;" | [[विकिपीडिया:सत्यापन जोग|प्रमाणित बात लिखीं]]
|-
| style="background-color:#FFFFFF; border: solid 1px #FFFFFF; padding:10px 20px;" | [[मदद:फुटनोट|संदर्भ कइसे जोड़ीं?]]
|-
| style="background-color:#FFFFFF; border: solid 1px #FFFFFF; padding:10px 20px;" | [[विकिपीडिया:नीति अउरी दिसानिर्देस|विकिनीति आ निर्देश]]
|}</div>
<!-- मुख्य पाठ -->
'''{{#if: | {{{1}}} | {{BASEPAGENAME}} }} जी''',
एह समय रउँआ [[विकिमीडिया फाउन्डेशन]] के परियोजना [[भोजपुरी]] [[विकिपीडिया]] पर बाड़ीं। भोजपुरी विकिपीडिया एगो मुक्त डिजिटल [[ज्ञानकोश]] हवे, जेवन अइसन भइया-बहिनी लोग मिल के लिखले बा जे ज्ञान बाँटे में बिस्वास करत बाटे। एह समय ए परियोजना में [[विशेष:ActiveUsers|{{NUMBEROFUSERS}} सदस्य]] लोग शामिल बाटे। ई बहुते खुशी क बाति बा कि रउँओं ए में शामिल हो गइल बाड़ीं।
* पहिले से बनल [[विकिपीडिया:लेख|लेखवन]] में कौनो संपादन खाली टेस्ट करे खातिर मत करीं। कौनों तरह के परीक्षण <small>(प्रयोग या टेस्टिंग)</small> [[विकिपीडिया:अभ्यास पन्ना|अभ्यास पन्ना]] या [[Special:MyPage/sandbox|अपना अभ्यास पन्ना]] पर करीं।
* [[विकिपीडिया:आपन परिचय कइसे देईं?|आपन परिचय]] आप संछेप में [[प्रयोगकर्ता:{{BASEPAGENAME}}|अपना सदस्य पन्ना]] पर दे सकत बानी। बहुत पर्सनल बात इहाँ मत लिखीं, न कौनों परचार वाली बात लिखीं। अपने खुद के बारे में लेख मत बनाईं।
* दुसरा [[विकिपीडिया:चौपाल |सदस्य लोगन से बात]] करत समय, [[मदद:वार्ता पन्ना|बातचीत पन्ना]] पर सनेसा लिखले की बाद आपन [[विकिपीडिया:दसखत|दसखत]] <small>(हस्ताक्षर)</small> जरूर करीं। एकरा खातिर अंत में चार गो टेढ़का डैश (<nowiki>~~~~</nowiki>) लिख देंईं या टूलबार में [[File:Insert-signature2.svg|link=|alt=]] पर क्लिक करीं।
* मदद चाहत होखीं त विकिपीडिया के [[विकिपीडिया:मदद|मदद पन्ना]] पर जाईं।
<!-- फुटर के कड़ी सभ -->
सीखे-समझे खातिर कुछ अउरी कड़ी नीचे दिहल जात बाटे:
{| border="5" cellspacing="1" cellpadding="0" height="50" align=center border=0 style="background: transparent"
| style="background-color:#FFFFFF; border: solid 2px #F2BDCD; padding:1px 10px;" | [[विकिपीडिया:स्वशिक्षा|शुरू से सीखीं]]
|
| style="background-color:#FFFFFF; border: solid 2px #F2BDCD; padding:1px 20px;" | [[मदद:संपादन|संपादन सीखीं]]
|
| style="background-color:#FFFFFF; border: solid 2px #F2BDCD; padding:1px 20px;" | [[विकिपीडिया:नया लेख कइसे सुरू करीं?|नया लेख]]
| style="background-color:#FFFFFF; border: solid 2px #F2BDCD; padding:1px 20px;" | [[विकिपीडिया:अइसन लेख मना बाटे|लेख मनाहीं]]
|
| style="background-color:#FFFFFF; border: solid 2px #F2BDCD; padding:1px 20px;" | [[विकिपीडिया:पंचशील|पंचशील]]
| style="background-color:#FFFFFF; border: solid 2px #F2BDCD; padding:1px 20px;" | [[विकिपीडिया:समुदाय पोर्टल|सदस्य समाज पन्ना]]
|}
|}
-- [[प्रयोगकर्ता:नया सदस्य स्वागतकर्ता|नया सदस्य स्वागतकर्ता]] ([[प्रयोगकर्ता वार्ता:नया सदस्य स्वागतकर्ता|बात करीं]]) 18:04, 10 अक्टूबर 2026 (UTC)
kw30jx9dw5in3yurpmdji4yc6u2ufxx